कुल पेज दृश्य

शनिवार, 28 नवंबर 2020

भोजपुरी सरस्वती वंदना

 भोजपुरी सरस्वती वंदना

माँ शारदे, माँ शारदे माँ शारदे
हमनी के जीवन सँवार दे
माँ शारदे ....
मन में तोहर दर्शन के आस बा
आइल बानी हम सभे तोहरे पास माँ
छवि अँखियन में उतार दे माँ
शारदे माँ....
हमनी के बचवन हईं अज्ञानी
अब ना करब जा हमनी मनमानी
हमनी के तू सुविचार दे
माँ शारदे माँ...
आवे ना हमनी के छंद बंद्य माँ
हमके सिखा द अक्षर चंद माँ
सुर हमनी के निखार दे माँ
शारदे माँ...
हमनी के दे द आतना बुद्धि
मन में ना रहे कवनो अशुद्धि
अब ना कवनो विकार दे माँ
माँ शारदे ... माँ शारदे... माँ शारदे
जीवन हमनी के सँवार दे, माँ शारदे
आपन लिखल
गीता चौबे
G 4 A, Green Garden Apartment
Hesag, Hatia, Ranchi, Jharkhand

कोई टिप्पणी नहीं: