कुल पेज दृश्य

सरस्वती भोजपुरी लेबलों वाले संदेश दिखाए जा रहे हैं. सभी संदेश दिखाएं
सरस्वती भोजपुरी लेबलों वाले संदेश दिखाए जा रहे हैं. सभी संदेश दिखाएं

शनिवार, 28 नवंबर 2020

भोजपुरी सरस्वती वंदना

 भोजपुरी सरस्वती वंदना

माँ शारदे, माँ शारदे माँ शारदे
हमनी के जीवन सँवार दे
माँ शारदे ....
मन में तोहर दर्शन के आस बा
आइल बानी हम सभे तोहरे पास माँ
छवि अँखियन में उतार दे माँ
शारदे माँ....
हमनी के बचवन हईं अज्ञानी
अब ना करब जा हमनी मनमानी
हमनी के तू सुविचार दे
माँ शारदे माँ...
आवे ना हमनी के छंद बंद्य माँ
हमके सिखा द अक्षर चंद माँ
सुर हमनी के निखार दे माँ
शारदे माँ...
हमनी के दे द आतना बुद्धि
मन में ना रहे कवनो अशुद्धि
अब ना कवनो विकार दे माँ
माँ शारदे ... माँ शारदे... माँ शारदे
जीवन हमनी के सँवार दे, माँ शारदे
आपन लिखल
गीता चौबे
G 4 A, Green Garden Apartment
Hesag, Hatia, Ranchi, Jharkhand

शनिवार, 21 नवंबर 2020

सरस्वती वंदना भोजपुरी

सरस्वती वंदना
भोजपुरी
संजीव
*
पल-पल सुमिरत माई सुरसती, अउर न पूजी केहू
कलम-काव्य में मन केंद्रित कर, अउर न लेखी केहू
रउआ जनम-जनम के नाता, कइसे ई छुटि जाई
नेह नरमदा नहा-नहा माटी कंचन बन जाई
अलंकार बिन खुश न रहेलू, काव्य-कामिनी मैया
काव्य कलश भर छंद क्षीर से, दे आँचल के छैंया
आखर-आखर साँच कहेलू, झूठ न कबहूँ बोले
हमरा के नव रस, बिम्ब-प्रतीक समो ले
किरपा करि सिखवावलु कविता, शब्द ब्रह्म रस खानी
बरनौं तोकर कीर्ति कहाँ तक, चकराइल मति-बानी
जिनगी भइल व्यर्थ आसिस बिन, दस दिस भयल अन्हरिया
धूप-दीप स्वीकार करेलु, अर्पित दोऊ बिरिया
***
२१-११-२०१९
९४२५१८३२४४