कुल पेज दृश्य

बुधवार, 1 अक्तूबर 2014

doha

भोजपुरी दोहा:

रखि दिहली झकझोर के, नेता भाषण बाँच
चमचा बदे बधाइ बा, तनक न देखल साँच
*
चिउड़ा-लिट्ठी ना रुचे, बिरयानी की चाह
नवहा मलिकाइन चली, घर फूँके की राह
*
पनहा ठंडाई भयल, पिछड़े की पहचान
कोला पेप्सी पेग भा, अगड़े बर अरमान
*
महिमा आपन देस बर, गायल बेद पुरान
रउआ बिटुआ के बरे, पच्छिम भयल महान
*
राम नाम के भजलऽ ना, पीटत छतिया व्यर्थ 
हाथ जोड़ खखनत रहब, केहु ना सुनी अनर्थ 
*
मँहगाई ससुरी गइल, भाईचारा लील 
प्याज-टमाटर भूलि गै, चँवरो-अटवा गील 
*
तार-तार रिश्ता भयल,भाई-भाई में रार 
बंगला बनल वकील बर, आपन चढ़ल उधार   
*

बुरा बतावल बुराई, दूसर के आसान 
जे अपने बर बुराई, देखल वही सयान 
*
जे अगहर बा ओकरा, बाकी खेंचल टाँग
बढ़े न, बाढ़न दे तनक, घुली कुँए मा भाँग 
***
salil.sanjiv@gmail.com
http://divyanarmada.blogspot.com
#हिंदी_ब्लॉगर 

कोई टिप्पणी नहीं: